Mehraru Milal Gaay Lyrics
लड़की:-खा ल दही पिया,लागी सही पिया
काहे करे ल तू नहीं नहीं पिया(कितना मानती हो यार)
लड़का:- अतना मनबु त जाइब मोटाई हो दादा
कोरस:- मुँह छोटा बा कइसे घोंटाई हो दादा
आई हो दादा आरे आई हो दादा
मेहरी मिलल बिया हमरा के गाई हो दादा
कोरस:- दुनो बेरा तू बना के पिय चाई हो दादा
लड़का:- मिलत खीरे बा हो, आ पनीरे बा हो
अइसन वाइफ से लाइफ अमीरे बा हो
कोरस:- भगवान के लिखल तकदीरें बा हो
लड़की:- बोल बोल का ख़ईब ए सइयां
लिआई नमकीन की मिठईया
लड़का:- तोहार चुम्मा लागेला मिठाई हो दादा
कोरस:- भउजी फेल भइले सब हलुआई हो दादा
लड़का:- आई हो दादा आरे आई हो दादा
मेहरी मिलल बिया हमरा के गाई हो दादा
लड़का:- माने आशु के हो प्रियांशु के हो
ई त जान हिय पवन व्यासु के हो
कोरस:- ई त गोड़वा दबावे ली सासु के हो
लड़की:- पिया आई थाकल बानी रउआ
लगाई दिही तेल गमकउआ
लड़का:- देलु मरद के दरद भगाई हो दादा
कोरस:- तोहार बोलिये लागेला दवाई हो दादा
आई हो दादा आरे आई हो दादा
मेहरी मिलल बिया हमरा के गाई हो दादा