Dewara Holi Mai Male Sabun Lyrics Neelkamal Singh

Dewara Holi Mai Male Sabun Lyrics इहे लेता होलिया के माजा हो, तू त घरे आइल ना राजा हो फिंचता साड़ी,भइल खेलाड़ी,बनल चाहता पाहुन पाहुन जहिया...

Dewara Holi Mai Male Sabun Lyrics

इहे लेता होलिया के माजा हो,

तू त घरे आइल ना राजा हो

फिंचता साड़ी,भइल खेलाड़ी,बनल चाहता पाहुन पाहुन

जहिया से चढ़ल बाटे फागुन, देवरे देहि प मले साबुन

लाले लाले करे कालाजामुन,देवरे देहि प मले साबुन

करे मनमानी,ई डालता पानी,भींजा देता हमार जवानी हो

जहाँ जहाँ जाला, त लागेला पाला,बढ़ाव तावे परेशानी हो

डाले रंग ए पिया,करे तंग ए पिया

मुशुकील भइल बाटे रहल संग ए पिया

कलर छोड़ावे आइल ना गाँवे,तू त रहेल टाउन टाउन

कबो करे अप कबो डाउन, देवरे देहि प मले साबुन

ई पीके बलंडर,मचावे बवंडर,त नदी के कहे समंदर हो

बा गली में गिरल हो नली में गिरल,नहइले बिना आवे अंदर हो

कबो नल खोलेला, कबो जल खोलेला,

चापाकल आशु नीलकमल खोलेला

लाल पियर हरियर मिला के क देता गीला गाउन गाउन

भइल बाटे केशिया ब्राउन,देवरे देहि प मले साबुन

जहिया से चढ़ल बाटे फागुन, देवरे देहि प मले साबुन

लाले लाले करे कालाजामुन,देवरे देहि प मले साबुन

We will be happy to hear your thoughts

Leave a reply

Amlisten
Logo